टटका खबर : 9 जून 2025

भोजपुरी इलाका से :

यूपी सरकार काल्हु मंगल का दिने महाराजा सुहेलदेव के विजयोत्सव मनाई.

इलाहाबाद उच्च न्यायालय के लखनऊ पीठ गलत तरीका से निगरानी याचिका दाखिल कइला ला यूपी शिया सेंट्रल वक्फ बोर्ड पर 15 हजार रूपिया के जुर्माना लगावत ओकर याचिका खारिज कर दिहलसि.

यूपी में अगर बिजली सप्लाई के निजीकरण के टेंडर जारी भइल त पूरा देश के बिजली कर्मचारी एक दिन के सांकेतिक हड़ताल पर चल जइहें. ई फैसला दिल्ली में एह लोग के राष्ट्रीय कोर कमेटी के बइठका में लीहल गइल बा.

जौनपुर जिला प्रशासन जिला में बहे वाली पीली नदी के जीर्णोद्धार करे का दिशाईं प्रयासशील बावे. देखल जाव कब आ कतना सुधार कइल जात बा.

जौनपुर जिला के साइबर क्राइम थाना के टीम पिछला दू महीना में साइबर ठगी के शिकार 38 लोगन के उनकर धन वापिस करावे में सफल रहल बिया. बतावल जात बा कि करीब एक सौ चोरावल मोबाइल फोन अलग अलग राज्यन से बरामद करा के असली मालिकन के सँउपल गइल बा.

देवरिया सदर कोतवाली इलाका में भइल लूट का मामिला में पुलिस चार गो आरोपियन के सोमार का दिने गिरफ्तार कर के ओहनी का कब्जा से लूट के सामान आ मोटरसाइकिल बरामद कइले बिया.

आजमगढ़ जिला के गंभीरपुर इलाका में आजु सबेरे भइल एगो सड़क हादसा में साइकिल से जात दू गो लड़िकियन के एगो कार टक्कर मार दिहलसि जवना से ओहनी के जान चल गइल.

कौशांबी जिला के सैनी इलाका में एगो किसान के आत्महत्या का बाद पुलिस पर ओकरा परिवारवालन पर बर्बरतापूर्ण करवाई के आरोप लगावत वकील आजु पुलिस अधीक्षक कार्यालय का सोझा विरोध प्रदर्शन कइलें.

देवरिया जिला के खुखुन्दू इलाका में आजु सोमार का दिने एगो नवही के लाश मिलला से इलाका में सनसनी पसर गइल बा.

पश्चिम चंपारण जिला के एगो अदालत एगो आपराधिक मामिला में महिला समेत पांच जने के सात बरीस के सजा सुनवलसि. ई झगड़ा माटी गिरावे का चलते भइल विवाद से पनपल रहुवे.

बिहार जदयू अध्यक्ष उमेश सिंह कुशवाहा आजु कहलन कि तेजस्वी अपना बाप महतारी के कइल पाप पर पर्दा डाले के कोशिश करत बाड़न.

बिहार निगरानी अन्वेषण ब्यूरो के टीम आजु सोमार का दिने सीवान जिला के लकड़ी नवीगंज अंचल कार्यालय के एगो राजस्व कर्मचारी के घूस लेत गिरफ्तार कर लिहलसि.

बिहार में दू बरीसा बीएड एवं शिक्षा शास्त्री कोर्स में सत्र 2025-27 में दाखिल खातिर लीहल गइल प्रवेश परीक्षा के परिणाम आजु घोषित हो गइल बा.

पश्चिमी चम्पारण के कालीबाग इलाका में पुलिस छापामारी कर के लूटपाट करे के योजना बनावत चार गो अपराधियन के गिरफ्तार कर लिहलसि.

पटना के इंटर स्टेट बस टर्मिनल (आईएसबीटी) से खेमनीचक का बीच 15 अगस्त से मेट्रो ट्रेन चलल शुरु हो जाए के एलान भइल बा.

पश्चिम चंपारण जिला के बेतिया में सिपाही के पद पर तैनात दू गो सिपाहियन के निलंबित कर दीहल गइल बा. एह लोग पर लापरवाही, अनुशासनहीनता आ संदिग्ध आचरण के अछरंग लगावल गइल बा. दुनू झारखंड के हउवें.

सारण जिला पुलिस पिछला 24 घंटा में एगो विशेष अभियान चला के 45 गो अभियुक्तन के गिरफ्तार क लिहलसि.

जनसुराज पार्टी के सूत्रधार प्रशांत किशोर आजु एलान कइलन कि उनुकर पार्टी राज्य के सगरी 243 सीटड से चुनाव लड़ी. कहलन कि बिहार के लोग दुनू तरफ के सरकार देख लिहले बिया आ एह लोग के फेर मौका ना दीही.

🇮🇳 देश के समाचार :

भाजपा अध्यक्ष के कहना बा कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) सरकार पिछला 1 बरीस के अपना कार्यकाल में “सबका साथ, सबका विकास, सबका विश्वास और सबका प्रयास” के मूल मंत्र पर चलत आर्थिक विकास से लगवले सामाजिक उत्थान ले युगांतरकारी परिवर्तन क देखवले बिया. दोसरा तरफ नेता प्रतिपक्ष राहुल के बयान आइल बा कि एह 11 साल में सिर्फ सपना बेचले बिया आ कमजोरन पर हिंसा, अपमान अउर भेदभावपूर्ण रुख अपनवले बिया.

पाकिस्तानी गोलाबारी में क्षतिग्रस्त भइल करीब दू हजार मकानन ला केंद्र सरकार का तरफ से अतिरिक्त 25 करोड़ रुपिया के प्रावधान करे के कहले बाड़न गृह मंत्री अमित शाह.

आज लगातार चउथा दिने देश के शेयर बाजार में तेजी दर्ज भइल. हालांकि गैप अप का साथ खुलल बाजार बाद में सीमित दायरा में घूमत रह गइल.

महाराष्ट्र के मुंब्रा स्टेशन पर भीड़ भरल एगो लोकल ट्रेन से कई गो सवारियन के गिरला से पांच जने के मौत हो गइल बा आ आधा दर्जन से बेसी लोग घवाहिल हो गइल बा.

🌍 विदेश के समाचार :

रूस के खुफिया संघीय सुरक्षा सेवा (एफएसबी) एजेंसी के कहना बा कि शत्रु राष्ट्रन का तरफ से यूक्रेन के हथियार आ सैन्य उपकरणन के आपूर्ति में अभूतपूर्व बढोतरी देखल जा रहल बा. रुस के दावा बा कि एह लड़ाई में ऊ यूक्रेन के अमेरिका से मिलल दू दर्जन अब्राम टैंकन के नष्ट कर दीहल गइल बा. अमेरिका 31 गो अब्रामं टैंक दिहले रहल यूक्रेन के.

बम के धमकी मिलला का बाद गल्फ एयर के एगो विमान के कुवैत में सुरक्षित उतार लीहल गइल आ संदिग्घ आरोपी के गिरफ्तार कर लीहल गइल.

जापान के दक्षिणी प्रांत ओकिनावा में अमेरिकी वायु सेना बेस पर विस्फोट होखला से चार गो एसडीएफ सदस्य घवाहिल हो गइलें.

मलेशिया के पेराक राज्य में भइल एगो सड़क हादसा में 15 लोग के मौत होखे के खबर बा. बतावल जात बा कि विद्यार्थियन के ले के जात बस के एगो बहुउद्देशीय वाहन धक्का मार दिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *