टटका टटका, 6 नवम्बर 2020, शुक

काल्हु शनिचर के बिहार विधानसभा चुनाव के आखिरी दौर के मतदान होखी आ साँझही से टीवी पर एक्जिय पोल के खेला शुरु हो जाई.

कहल जात बा कि पुलिस का मामिला में राजनीतिक दखल से अनसाइल महाराष्ट्र के पुलिस महानिदेशक सुबोध जायसवाल केन्द्रीय प्रतिनियुक्ति पर चल जइहे. एहला ऊ जसहीं राज्यसरकार से अनापत्ति मंगलन, उनका के आनन फानन में अनुमति दे दीहल गइल.

यूपी के स्वार Suar विधान सभा सीट पर चुनाव करवावे के हाई कोर्ट के आदेश पर रोक लगा दिहलसि। एह सीट पर आजम खान के बेटा विधायक चुनाइल रहलन। बाकिर उनकर उमिर कम रहला का चलते हाई कोर्ट उनकर चुनाव रदद् कर दिहलसि आ चुनाव आयोग से एह सीट पर उपचुनाव करवावे के निर्देश दिहले रहुवे।

महाराष्ट्र के अतिवादी सरकार रिपब्लिक टीवी के अर्णव गोस्वामी का खिलाफ एके साथे कई गो मुकदमा खोल दिहले बिया। विधानसभा के अवमानना के मुकदमो एह में शामिल बा। सुप्रीम कोर्ट अवमानना मामिला में अर्णव के गिफ्तारी पर रोक लगा दिहले बिया आ विधानसभा सचिव के नोटिस दिहले बिया की ऊ बतावस कि काहे ना उनका पर अदालत के अवमानना के कार्रवाई कइल जाव। ऊ अर्णव के धिरवले रहलन कि सुप्रीम कोर्ट काहे गइल।

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।