टटका सिनेमा (25 अगस्त 2015)

Pawan-Nehashree

  • भोजपुरी सिनेमा के राजा पवन सिंह आ राजस्थानी सिनेमा के रानी नेहाश्री पहिला बेर एगो भोजपुरी फिलिम ‘अस्सी घाट’ में दर्शकन के मनोरंजन करे ‍आवे वाला बाड़े. राजदेव फिल्म्स के बैनर में बनत एह भोजपुरी फिलिम के निर्माता हवेंं मनोज सिंह आ निर्देशन कइले बाड़न अशोक त्रिपाठी अत्री.
  • सोम इंटरटेनमेंट के बैनर में मुकेश जैन, ओम सिंह, आ संतोष पाण्डेय के बनावल भोजपुरी फिलिम ‘दिलदार सजना’ के डबिंग के काम शुरु हो गइल बा. राधेन्द्र यादव का निर्देशन में बनल एह फिलिम के मुख्य कलाकार बाड़े अरविन्द अकेला कल्लू, निशा दूबे, आ मोहिनी घोष.
  • भोजपुरी तारिका संगीता तिवारी के जनमदिन पिछला दिने मुंबई के एगो क्लब में धूमधाम से मनावल गइल. एह मौका पर बालीवुड आ पालीवुड दुनू के नामचीन लोग मौजूद रहुवे आ बहुते मौज मस्ती का साथे जनमदिन मनावल लोग.
  • ज्योति आनन्द के निर्देशन में फिल्मावल विनय आनन्द के नयका एलबम वर्ल्ड वाइड विन एह घरी बहु्ते चरचा में बा. एह एलबम में विनय आनन्द के डांस परफारमेस गजब के बा आ सभे एकरा के सराहत बा. विनय आनन्द एह सफलता से बहुते उत्साहित बाड़न.
  • अपना प्रेमिके पर गोली चला दिहलें अमरीश सिंह. बाकिर फिलिम का शूटिंग खातिर. भोजपुरी फिलिम ‘कंगना के इंतकाम’ के शूटिंग का दौरान एह सीन के फिल्मावल गइल. सीन एके शाॅट में ओके हो गइल आ निर्देशक बालकिशन सिंह समेत सभे ताली के गड़गड़ाहट का साथे एकर बधाई दीहल.
  • भोजपुरी सिनेमा के दू गो दिग्गज कलाकार खेसारी लाल आ विराज भट्ट चउथा बेर कवनो फिलिम में एक साथे आइल बाड़े फिलिम जानम में. एह लोग के एहसे पहिले तीन गो फिलिम आ चुकल बा आ तीनो के तीनो के जबरदस्त स्वागत कइले रहलें भोजपुरिया दर्शक. एह फिलिमन के नाम रहल जान तेरे नाम, जानेमन, आ इंतकाम. जानम राखी का मौका पर बिहार में रिलीज होखे वाला बा.
  • अनुष्का इंटरटेनमेंट के बैनर में बन रही फिल्म ‘जियब ना तोहरे बिना’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा. एह फिलिम में नायक अविनाश शाही के किरदार अपना गेट अप आ अभिनय से अमर प्रेमी लैला मजनू, हीर राँझा, सोनी महिवाल की याद ताज़ा करा दीहें.
  • भोजपुरी फिलिमन से जुड़ल खबरन के विस्तार से पढ़े ला भोजपुरी डाॅट को पर जाईं.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।