- नई दिल्ली में आजु एम्स के दीक्षान्त समारोह के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी डाक्टर लोगन से कहलन कि ऊ लोग हमेशा याद राखे कि ओह लोग के डाक्टर बनावे में गरीब जनतो के पइसा लागल बा. पीएम अनुसंधान के कमी प चिंता जतवले आ अनुसंधान पर जोर देबे के गोहार लगवले.
- दिपावली आ छठ का दौरान बिहार के यात्रियन के बेहिसाब भीड़ देखत रेलवे दिल्ली से बिहार का बीच 300 विशेष ट्रेन चलावे के फैसला लिहलस.
- यूपी सरकार दिवाली का मौका पर राज्य के सगरी शहरन के बिना कटौती बिजली देबे के फैसला कइलसि. एह बीच रोजाना एक करोड़ यूनिट बिजली खरीद के सप्लाई कइल जाई.
- त्योहारी मौसम में आम जनता के एक बेर फेरू बैंक के छुट्टियन का चलते फजीहत झेले के पड़ी. जान जाईं कि 23 से 26 अक्टूबर ले लगातार चार दिनों तक बैंक बशद रहीहें सँ. एहसे जनता के आगाह कइल जात बा कि जरूरी लेनदेन पहिलहीं निपटा लीं.
- उत्तर प्रदेश के राज्यपाल राम नाइक आजु सोमार का दिने कहलन कि पिछला तीन महीना के अपना कार्यकाल में उनुका एके गो बढिया काम लउकल आ ऊ हवे लखनऊ में मेट्रो रेल परियोजना के शुरुआत. बाकिर एकरा के समय पर पूरा करा लिहल एगो बड़हन चुनौती बा राज्य ला.
- सारधा चिटफंड घोटाला मामिला में सारधा समूह के दक्खिन 24 परगना जिला में 100 करोड़ रुपिया के चल. अचल सम्पत्ति आजु प्रवर्तन निदेशालय जब्त कर लिहलसि.
- बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी आजु गंगा नदी के विभिन्न छठ घाट घुमलन आ ओहिजा सफाई आ सुरक्षा के तइयारियन के जायजा लिहलन.
- कोयला ब्लाकन के आवंटन रद्द करे के उच्चतम न्यायालय के फैसला से निपटे ला भारत सरकार आजु एह कोयला ब्लाकन के फेरू से देबे खातिर अध्यादेश ले आवे के फैसला कइलसि.
- गोपालगंज जिला के उचका गांव इलाका में एगो गाँव में आजु खिसियाइल लोग एगो लुटेर क पीट-पीट के मुआ दिहल.
- एह साल आम जनता का बीच आनलाइन शापिंग के बुखार अपना चोटी पर बा आ एह चलते धनतेरस पर सजे वाला बाजार आनलाइन शापिंग का खौफ से सहमल बाड़े.
- बम्बई शेयर बाजार के सूचकांक आजु 321 अंक उछल के बंद भइल. जानकार बतावत बाड़े कि डीजल के नियत्रंण मुक्त करे आ गैस के कीमत तय करने के सावधानी रखला का चलते बाजार में ई उछाल आइल.
- जहरखुरानी के शिकार दू गो रेल यात्रियन के उत्तर प्रदेश में गोंडा रेलवे टीसन पर जननायक एक्सप्रेस से उतार के अस्पताल मे भरती करावल गइल बा.
- दिल्ली के एगो विशेष अदालत धौलाकुआं सामूहिक बलात्कार मामिला के पांचो अपराधियन के उमिर कैद के सजा सुनवलसि.
- कर्मचारियन आ प्रबंधन के झगड़ा का चलते आजु से पश्चिम बंगाल के हुगली में इंडिया जूट मिल बंद हो गइल. एहसे से नाहियो त चार हजार से बेसी चटकलिहा बेरोजगार हो गइल बाड़े.
- बिहार में अतवार का दिने सिपाही भर्ती परीक्षा में दोसरा का जगहा परीक्षा देत करीब डेढ़ सौ फर्जी परीक्षार्थियन के गिरफ्तार क लिहल गइल.
- भदोही के गोपीगंज क्षेत्र इलाका में काल्हु सँझिया एगो ट्रक से कचरा के एगो रिटायर्ड सिपाही के मौत हो गइल.
- गोरखपुर के राजघाट में कुछ अपराधी एगो पेट्रोल पम्प मालिक के गोली मार के उनका लगे से साढे पांच लाख रुपिया लूट के भाग निकलले.
- कुशीनगर के तुर्क पट्टी इलाका में एगो ट्रक के धक्का से एगो एम्बुलेंस पर सवार एक आदमी के मौत हो गइल.
- जौनपुर में काल्हु अतवार का दिने दीवानी न्यायालय परिसर में मेगा लोक अदालत लगावल गइल आ आपसी सुलह समझौता करा के 1252 गो मुकदमा निपटा दिहल गइल.
- एनसीपी नेता आ महाराष्ट्र के उप मुख्यमंत्री रहल अजित पवार खुलासा कइलन कि कांग्रेस के नेता चाहत रहलें कि शिवसेना के समर्थन दिहल जाव बाकिर राकांपा मना कर दिहलसि.
- महाराष्ट्र विधानसभा के दुसरका सबले बड़ गोल शिवसेना आजु दुपहरिया में अपना बइठक का बाद तय करी कि भाजपा के समर्थन दिहल जाव कि विपक्ष में बइठल जाव.
- जोको विडोडो आजु इंडोनेशिया के सांतवा राष्ट्रपति के रुप में शपथ लिहलन. ऑस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री टोनी एबट इंडोनेशिया समेत अनेके देशन के नेता शपथ-ग्रहण समारोह में शमिल भइले. भारत के राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री बधाई भेजलें.
- 2जी स्पेक्ट्रम घोटाला के सुनवाई करे वाली विशेष अदालत आजु कहलसि कि पिछला सरकार में केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रहल ए.राजा के खिलाफ धन के हेराफेरी मामिला में आरोप तय करे पर फैसला 31 अक्टूबर के सुनावल जाई.
- उत्तर प्रदेश राज्य रोडवेज परिवहन निगम के संविदा पर राखल चालक आ परिचालक सोमार रात से हड़ताल पर जाए के ऐलान कइले बाड़े.
आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं
0 Comments