टाइगर के दहाड़

Manoj Tiger

भोजपुरी सिनेमा के टाइगर मनोज टाइगर आजकाल्हु निर्माता निर्देशकन के पसन्द बनल जात बाड़े. डी रामानायडू के फिल्म शिवा में मनोज टाइगर निरहुआ का साथ नायक का रुप में आ रहल बाड़े. एने मनोज टाइगर तीन गो फिल्म साइन कइले बाड़े आ उहो बड़का निर्देशकन का साथ.

विजयी भवः में मनोज टाइगर आनन्द डी गहतराज का निर्देशन में शुभम तिवारी का साथे बाड़े. असलम शेख निर्देशित आ रितेश ठाकुर के बनावल फिल्म तू ही मोर बालमा में मनोज टाइगर, प्रवेशलाल यादव, शुभम तिवारी, आ दीपक दूबे के भूमिका बा.

बताशा चाचा का नाम से मशहूर मनोज टाइगर पिछला दिने हैदराबाद में बी सुब्बारेड्डी के फिल्म मर्द न॰ १ के शूटिंग में जतना मेहनत कइलें ओकरा के देख के मनोजो तिवारी चकित रहलन. इहे सब बता रहल बा कि टाइगर में बहुते दम बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।