‘‘टाईगर’’ प्रवेशलाल के दहाड़ बिहार में 31 मई से

Tiger-Praveshसिनेमा भोजपुरी के चर्चित सितारा प्रवेशलाल यादव के बहुचर्चित फिलिम ‘‘टाईगर’’ 31 मई से बिहार के सिनेमाघरन में रिलीज हो रहल बा. निरहुआ इंटरटेन्मेंट प्रा॰लि॰ के बैनर में बनल एह कंपलीट एक्शन फिलिम के लेखक-निर्देशक सुब्बाराव गोसांगी हउवें. प्रवेशलाल यादव, शुभी शर्मा, मनोज टाईगर, तेज बहादूर यादव, समर्थ चतुवेर्दी, अवधेश मिश्रा आ डांसिग क्वीन सीमा सिंह के प्रमुख भूमिका बा.

एह फिलिम में प्रवेशलाल यादव एक से बढ़के एक एक्शन स्टंट करत लउकीहें. गीत प्यारे लाल यादव आ विनय बिहारी के लिखल बा जबकि संगीत दिहले बाड़ें राजेश-रजनीश. ‘‘हिरो’’ के अपार सफलता से उत्साहित प्रवेशलाल के पूरा भरोसा बा ‘‘टाईगर’’ के सफलता ला.


(प्रशांत निशांत)

1 Comment

  1. rahulsingh

    nice 1

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।