‘‘टाईगर’’ प्रवेशलाल के दहाड़ बिहार में 31 मई से

Tiger-Praveshसिनेमा भोजपुरी के चर्चित सितारा प्रवेशलाल यादव के बहुचर्चित फिलिम ‘‘टाईगर’’ 31 मई से बिहार के सिनेमाघरन में रिलीज हो रहल बा. निरहुआ इंटरटेन्मेंट प्रा॰लि॰ के बैनर में बनल एह कंपलीट एक्शन फिलिम के लेखक-निर्देशक सुब्बाराव गोसांगी हउवें. प्रवेशलाल यादव, शुभी शर्मा, मनोज टाईगर, तेज बहादूर यादव, समर्थ चतुवेर्दी, अवधेश मिश्रा आ डांसिग क्वीन सीमा सिंह के प्रमुख भूमिका बा.

एह फिलिम में प्रवेशलाल यादव एक से बढ़के एक एक्शन स्टंट करत लउकीहें. गीत प्यारे लाल यादव आ विनय बिहारी के लिखल बा जबकि संगीत दिहले बाड़ें राजेश-रजनीश. ‘‘हिरो’’ के अपार सफलता से उत्साहित प्रवेशलाल के पूरा भरोसा बा ‘‘टाईगर’’ के सफलता ला.


(प्रशांत निशांत)

1 Comment

  1. rahulsingh

    nice 1

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..