टीडी कॉलेज प्राचार्य के घेराव

दाखिला में धाँधली के अछरंग लगावत छात्र नेता अपना समर्थकन संगे सोमार का दिने बलिया टीडी कॉलेज प्राचार्य के घेराव कइलें. छात्र संघ अध्यक्ष किशन प्रताप सिंह के कहना बा कि दाखिला लेबे वाला विद्यार्थियन के प्रवेश शुल्क त समायोजित कर दिहल गइल बाकिर जिनकर चयन ना भइल ओह लोग के फीस वापिस नइखे कइल जात. दोसरे कला संकाय में अनेके विद्यार्थियन के दाखिला बिना प्रवेश परीक्षा दिहले कर लिहल गइल बा. उनकर माँग बा कि अइसन दाखिला रद्द कर के ओह जगहा ओह लोग के दाखिला लिहल जाव जे प्रवेश परीक्षा दिहले रहुवे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।