टीडी कॉलेज प्राचार्य के घेराव

दाखिला में धाँधली के अछरंग लगावत छात्र नेता अपना समर्थकन संगे सोमार का दिने बलिया टीडी कॉलेज प्राचार्य के घेराव कइलें. छात्र संघ अध्यक्ष किशन प्रताप सिंह के कहना बा कि दाखिला लेबे वाला विद्यार्थियन के प्रवेश शुल्क त समायोजित कर दिहल गइल बाकिर जिनकर चयन ना भइल ओह लोग के फीस वापिस नइखे कइल जात. दोसरे कला संकाय में अनेके विद्यार्थियन के दाखिला बिना प्रवेश परीक्षा दिहले कर लिहल गइल बा. उनकर माँग बा कि अइसन दाखिला रद्द कर के ओह जगहा ओह लोग के दाखिला लिहल जाव जे प्रवेश परीक्षा दिहले रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..