टीवी मीडिया के देशछवि के चिन्ता नइखे

हर बात बेबात पर कुकुरबझाँव करे वाला टीवी मीडिया के देशछवि के चिन्ता नइखे. भूत पिशाच अपराध हर तरह के बात पर ब्रेकिंग न्यूज चलावे वाला देश के मीडिया एह बात के कवनो तवज्जो नइखे देत कि देश के कवनो दुश्मन देश के नक्शा का साथ कवना तरह के खिलवाड़ करत बा. ओह लोग का हिसाब से भारत कर गलत नक्शा देखावे वाला गूगल का खिलाफ कुछ कहला लिखला देखवला के कवनो “जरुरत” नइखे. ओह लोग खातिर एह खबर के कवनो महत्व नइखे.

देश के टीवी मीडिया के संपादकीय नीति एह बात से बहुते आसानी से बूझल जा सकेला. ऊ लोग अपना टीआरपी खातिर कवनो खबर देखा चला सकेला, घंटनो एकही बात दुहरा तिहरा सकेला बाकिर देश के गलत नक्शा पर बोले खातिर ओह लोग का लगे एक शब्द तक नइखे..

खुद अधिकतर टीवी चैनलन के आपन वेबसाइट बा आ सब पर गूगल एनालिटीक के सेवा लिहल जा रहल बा. ऊ लोग खुदहू देखत होखी ओह नक्शा के बाकिर जेकर जमीर मर चुकल बा ओकरा पइसा आ अपना फायदा का अलावा कुछ सूझे ना

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।