ट्रक आ मोटरसाईकिल के टक्कर मे दू गो नवही मरले

गोपालगंज जिला के बरौली इलाका में सोनबरसा गांव का नियरा राष्ट्रीय राजमार्ग 28 पर एगो ट्रक से टकरा के मोटरसाइकिल सवार दू गो नहियन के मौत हो गइल.
पुलिस बतवलसि कि मोतिहारी नगर थाना के चंपापुर गांव के पैंतीस साल के उमेश कुशवाहा आ तैंतीस साल के अवधेश महतो थावे मंदिर में पूजा करे मोटरसाईकिल से जात रहले जब सामने से आवत ट्रक से सोनबरसा गांव का नियरा टकरा गइले. दुनु जने के मौत ओहिजे ट्रक से कचरा के हो गइल.
हादसा का बाद ट्रक चालक ट्रक समेत फरार हो गइल.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।