ट्रक कमांडर भिड़न्त में दू जने के मौत

बक्सर से सवारी उठा के बलिया ले आवत एहो कमांडर जीप के टक्कर फेफना इलाका के तीखा गाँव का लगे एगो ट्रक से हो गइल. एह टक्कर में दू जने के मौत हो गइल आ सात गो अउरी सवारी घवाहिल हो गइलें. मरे वाला में कमांडर के ड्राइवर नरही गाँव के अक्षय लाल खरवार आ डुमरांव बिहार के बबलू पासवान शामिल बाड़ें. बबलू पासवान बलिया के एगो पाइप फैक्टरी में काम करे आवत रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।