ट्रक का धक्का से एगो नवही के मौत

बलिया जिला के फेफना इलाका के कनैला गाँव के अठारह बरीस के एगो लड़िका गड़वार पानी टंकी का लगे साइकिल से जात रहुवे कि एगो ट्रक ओकरा के कचारत भाग निकलल. कचराइल गोलू वर्मा के मौत ओहिजे हो गइल. ट्रक ड्राइवर ट्रक समेत भाग निकलल.
एगो दोसर दुर्घटना में सहतवार इलाका के डुमरिया का लगे एगो मेहरारूठ बुचिया देवी एगो मैजिक गाड़ी से धक्का लगला का चलते मर गइल.
भृगु मंदिर का लगे मोटरसाइकिल सवार बिहार के नैनीजोर के भरत तिवारी के एगो टेम्पो धक्का मार दिहलसि. घवाहिल भरत के इलाज जिला अस्पताल में चलत बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।