‘‘ट्रक ड्राईवर’’ गरदा उड़वले बा

भोजपुरी के सुपरहिट निर्देषक राजकुमार आर0 पाण्डेय के ‘‘ट्रक ड्राईवर’’ बिहार में गरदा उड़वले बा. भोजपुरिया परदा पर हिट पर हिट फिलिम देबे खातिर मशहूर राजकुमार पाण्डेय के ‘‘ट्रक ड्राईवर’’ बिहार के 25 से बेसी सिनेमा घरन में रिकार्ड तोड़ कलेक्शन बटोरत बा. लालंगंज के शकुंतला टॉकिज में पहिला दिने 38,000/- रू0, महुआ के आम्रपाली में 20,000/- रू0, साहबगंज के राजेश में 18,000/- के रिकार्ड कलेक्शन एह फिल्म के मिलल.

सुपरस्टार पवन सिंह ‘‘ट्रक ड्राईवर’’ के टाईटल भूमिका में बाड़न. खलासी का भूमिका में नयका स्टार प्रदीप पाण्डेय आ बतौर नायिका तीन गो हीरोइन हॉट अभिनेत्री अंजना सिंह, रीतिका शर्मा आ काजल राघवानी बाड़ी एह फिल्म में. एकरा अलावे आलोक यादव आ संजय पाण्डे ओ के भूमिका बा.

बिहार में एकरा के मशहूर वितरक संजय पंजियार प्रदर्शित कइले बाड़न.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..