ट्रक ड्राईवर में मंटूलाल लिखीहें कॉमेडी के नया अध्याय

भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के सुपरिचित निर्माता निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय के चर्चित भोजपुरी फिल्म “ट्रक ड्राइवर” में मंटुलाल एगो जबरदस्त भूमिका निभवले बाड़े. एह फिल्म में मंटुलाल अपना हास्य अभिनय के शानदार प्रस्तुति दिहले बाड़े. “ट्रक ड्राईवर” मंटुलाल के पहिला फिल्म होखी. एकरा पहिले ऊ “जन्म जन्म के प्यार” में काम कइले रहले बाकिर ऊ फिल्म रिलीज ना हो सकल. हाल में मंटुलाल महुआ चैनल के “भगवान हो केतना दूर” आ “धनिया के थाना” में भोजपुरी नायिका रिंकु घोष का साथे पुलिस इंस्पेक्टर के रोल निभाके अपना प्रतिभा के परिचय दे चुकल बाड़े.
बिहार के सिवान जिला के बड़हरिया प्रखंड निवासी मंटू लाल अपना कलाकारी के बदौलत “इंदिरागाँधी शिरोमणी” राष्ट्रीय सम्मान से सम्मानित हो चुकल बाड़े. एम. एल. प्रोडक्शन प्रस्तुति “दमाद मिलल जोकर” फिलिमो में मंटूलाल मजगर किरदार करे जा रहल बाड़े.
फिल्म “ट्रक ड्राईवर” में पवन सिंह आ प्रदीप पाण्डेय “चिंटु” के जोड़ी कमाल के अभिनय कइले बा आ आनंद मोहन अउर मंटुलाल कॉमेडी के नया अध्याय शुरू कइले बाड़े.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला )

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..