ट्रक ड्राईवर में मंटूलाल लिखीहें कॉमेडी के नया अध्याय

भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के सुपरिचित निर्माता निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय के चर्चित भोजपुरी फिल्म “ट्रक ड्राइवर” में मंटुलाल एगो जबरदस्त भूमिका निभवले बाड़े. एह फिल्म में मंटुलाल अपना हास्य अभिनय के शानदार प्रस्तुति दिहले बाड़े. “ट्रक ड्राईवर” मंटुलाल के पहिला फिल्म होखी. एकरा पहिले ऊ “जन्म जन्म के प्यार” में काम कइले रहले बाकिर ऊ फिल्म रिलीज ना हो सकल. हाल में मंटुलाल महुआ चैनल के “भगवान हो केतना दूर” आ “धनिया के थाना” में भोजपुरी नायिका रिंकु घोष का साथे पुलिस इंस्पेक्टर के रोल निभाके अपना प्रतिभा के परिचय दे चुकल बाड़े.
बिहार के सिवान जिला के बड़हरिया प्रखंड निवासी मंटू लाल अपना कलाकारी के बदौलत “इंदिरागाँधी शिरोमणी” राष्ट्रीय सम्मान से सम्मानित हो चुकल बाड़े. एम. एल. प्रोडक्शन प्रस्तुति “दमाद मिलल जोकर” फिलिमो में मंटूलाल मजगर किरदार करे जा रहल बाड़े.
फिल्म “ट्रक ड्राईवर” में पवन सिंह आ प्रदीप पाण्डेय “चिंटु” के जोड़ी कमाल के अभिनय कइले बा आ आनंद मोहन अउर मंटुलाल कॉमेडी के नया अध्याय शुरू कइले बाड़े.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला )

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।