ट्रक से कचरा के माई बेटी के मौत

गोपालगंज के महमदपुर चौक पर नेशनल हाईवे २८ पर एगो बेलगाम ट्रक एगो औरत आ ओकरा गोदी में दू महीना के बच्ची के कचारत भाग निकलल. बच्चिया के त ओहिजे मौत हो गइल आ ओह औरत के मौत इलाज का दौरान अस्पताल में हो गइल, एह दुर्घटना से नाराज लोग पाँच घंटा ले हाईवे जाम राखल. कुछ लोग चहेटा मारत ओह ट्रक के १५ किलोमीटर दूर घेर लिहल आ ट्रक के ड्राइवर, खलासी आ एगो अउर आदमी के ओह ट्रक पर से पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. मरे वाली औरत सिवान के भगवानपुर से अपना भाई संगे अपना ससुरारी, बिरितिया गाँव, लवटत रहुवे जब ई दुर्घटना भइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।