ट्रक से नाजायज वसूली का आरोप में चार गो पुलिसकर्मी निलंबित


छपरा 29 मार्च (वार्ता). सारण जिला के दरियापुर इलाका में बालू लदाइल ट्रकन से नाजायज वसूली करत में धराइल पुलिस अवर निरीक्षक (एएसआई) समेत चार गो पुलिसकर्मियन के बियफे का दिने निलंबित कर दीहल गइल.
पुलिस अधीक्षक हरकिशोर राय बतवलन कि आजु सबेरे ऊ अचके में निरीक्षण करे निकल गइलन ई दरियापुर थाना के एगो एएसआई आ सैप के तीन गो जवानन के बालू लदले ट्रकन से नाजायज वसूली करत ध लिहलन.
एसपी बतवलें कि एकरा बाद फटाफट कार्रवाई करत एएसआई अजय कुमार सिंह आ सैप के तीनों जवानन – लाल बाबू सिंह, सविंद्र राम, आ राजीव नयन ओझा – के निलंबित कर दिहलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *