ट्रांसफारमर बदलल बिहार सरकार के जिम्मे नइखे

बिहार विधानसभा में एगो सवाल का जवाब में उर्जा मंत्री विजेन्द्र प्रसाद यादव कहले कि राजीव गाँधी ग्रामीण विद्युतीकरण योजना मे् लगावल ट्रांसफार्मर खराब होखला पर ओकरा के बदले के जिम्मेवारी केन्द्र सरकार के बा आ राज्य सरकार ओकरा के ना बदल सके. इहो बतवले कि अइसनका करीब साढ़े तीन हजार ट्रांसफार्मर पिछला डेढ़ साल से जर के खराब हो गइल बा. कहले कि ओवरलोडिंग से ट्रांसफार्मर जर जात बाड़ी सँ आ केन्द्र सरकार से एह बारे में बतियावल जाई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..