ट्रेडिंग में सफलता चाहीं त नवीन पटनायक बन के रहीं, नीतीश बने चलब त सब कुछ बिलाए वाला बा.
नवीन बाबू बाजार (केन्द्र सरकार) से ना लड़सु. अगर बाजार उनुका मनमाफिक रहल त साथे चल चलीहें, ना त चुपचाप अपना काम में मगन रहीहें.
दोसरे ऊ आपन पूंजी (साख, राजनीतिक लोकप्रियता) गँवावे के जोखिम ना लेसु. उनकर मकसद हमेशा इहे रहेला कि अपना राज्य ला बेहतर से बेहतर कर सकसु. आ एकरा खातिर उनुका बाजार का साथे चले के पड़े ट चले ला तइयार रहेलें. ऊ आपन बेंवत जानेलें कि ऊ बाजार के अपना हिसाब से ना चला सकसु. उनुका इहो मालूम बा कि बाजार के चाल हमेशा उनुका के फायदे ना दी, हो सकेला कि कबो उनुका नुकसानो हो जाय. एह हालात ला ऊ अपना के अलगे राखेलें जेहसे कि नुकसान कम से कम हो सके अगर बाजार के चाल उनुका उलटा हो जाव त.
(Photo Source “https://www.facebook.com/CMO.Odisha/”)
नीतीश कुमार के अपना पर बहुते गुमान रहेला. उनका लागेला कि ऊ बाजार के अपना हिसाब से चला लीहें. अगर रउरा वइसने ट्रेडर हईं त देरी से ना, जल्दिए नुकसान उठावे के दिन आ जाई.
दोसरे सफल ट्रेडर दोसरा के कहला, सहकवला, बहकवला, (टिप्स) में ना आवे. ऊ हर बाति के परखेला आ ओकरा जब सही लागेला तबे मानेला, ना त ना.
बाजार में रहे वाला हर आदमी देर सबेर नुकसान होखे, हारे के अनेसा, वाला मौका से हरकल रहेला. जसहीं लागेला कि हालात ओकरा विपरीत जा रहल बा त ऊ आपन गलती सुधार लेला आ बाजार से निकल जाला.
शुक का दिने त कत्लेआम के दिन रहुवे शेयर बाजार ला. खाली अपने देश के बाजार ना डूबल, सगरी दुनिया के बाजारन में इहे हाल रहल. अब सोमार का दिने का होखे जा रहल बा ओहसे पहिले लेखा-जोखा लिआव शुक का दिन ला कइल गइल अनुमान के.
शुक का दिन ला हम लिखले रहीं कि –
1. FORTIS एकरा के 280.00 के स्टॉपलॉस लगाके 282.00 का लगे बेचल जा सकेला.
बेचे के सोचहूं के हिम्मत ना भइल. जबकि बाजार में जोरदार गिरावट देखे के मिलल रहे.2. IDFCFIRSTB 51.00 का आसपास मिल जाव त लीहल जा सकेला. स्टॉपलॉस 50.50 के रही.
बाजार के गिरावट में ऊ समय अइबे ना कइल.3. ZOMATO ई 64.00 का आसपास मिल सके त खरीदल जा सकेला. स्टॉपलॉस 63.00 के रही.
बाजार के गिरावट में ऊ समय अइबे ना कइल.4. ITC एकरा के 346.00 का आसपास खरीदल जा सकेला. स्टॉपलॉस 343.00 के रही.
खरीदे के मौको मिलल आ 349.00 ले गइबो कइल.कुल मिला के चार गो में से तीन गो अनुमान गलत निकलल. संतोष एही पर कर सकीलैं कि नुकसानो उठावे के हालात ना पैदा भइल. आखिर में एगो रणनीति का बारे में बतवले रहीं कि –
निफ्टी भा बैंकनिफ्टी के ऑप्शन खरीदे के शौकिन लोग ला एगो आसान रणनीति –
ट्रेडिंग व्यू पर स्पॉट के आधा घंटा अवधि वाला चार्ट लगा लीं. स्पॉट माने इंडेक्स के चार्ट. बाजार खुलला के एक घंटा बाद दुसरका कैण्डल के आपन मार्गदर्शक बना लीं. अगर ओकरा से उपर निकले त कॉल ऑप्शन आ नीचे गिरे त पुटऑप्शन लीहल जा सकेला. बाकिर ऑप्शन के सौदा बहुते खतरनाक होला. एहसे स्टॉपलॉस लगवले बिना कवनो सौदा ना करे के चाहीं. एह रणनीति के इस्तेमाल चाहीं त शेयरो ट्रेडिंग में कइल जा सकेला. सफलता के मूलमंत्र इहे रही कि स्टॉपलॉस लगवले बिना आगे नइखे बढ़े के.
जे लोग एह रणमीति का हिसाब से काम कइले होखी ओकरा जम के फायदो भइल होखी.
अनिश्चितता के माहौल में सोमार ला कवनो अनुमान नइखीं लगावत बाकिर उपर दीहल रणनीति अधिकतर दिने काम कर जाई.
0 Comments