ट्रेन अबहीं अइसहीं लेट चलीहें सँ


नयी दिल्ली 11 जून (वार्ता) रेल मंत्री पीयूष गोयल के इशारा अगर समुझल जाव त ओकर मतलब इहे बा कि अबहीं ट्रेनन के लेटलतीफी से निजात पावे के कवनो उमीद मत राखल जाव. आजु रेलमंत्री कहले बाड़न कि उनुकर फोकस अबहीं सुरक्षा, खरच कम करे आ सेवा में सुधार पर बावे. पता ना उनुका ई काहे नइखे लागत कि ट्रेनन के समय से चलावलो सेवा में सुधारे वाला बाति होखी.
मौजूदा सरकार के शासन में रेल मंत्रालय के चार साल के हासिल के जानकारी देबे लो बोलावल गइल संवाददाता सम्मेलन में गोयल कहलन कि रेलवे के खास फोकस पर एह घरी सुरक्षा बा. टीसने टीसन सीसीटीवी कैमरा लगावल जा रहल बा. कोशिश बा कि अधिका से अधिका ट्रेनन के कोचो में एकरा के लगावल जाय. बतवलन कि बरीस 2013-14 में 118 दो ट्रेन हादसा भइळ रहुवे जवन अब घटि के 2017-18 में महज 73 रह गइल बा.
ट्रेनन के लेट लतीफी का बारे में पूछला पर रेलवे बोर्ड के चेयरमैन अश्विनी लोहानी कहलन कि पिछला 18 बरीस में ट्रेनन के गिनिती दुगुना हो गइल बा. बाकिर एही दौरान मूलभूत ढाँचा में सुधार ना कइल गइल, ना ही मरम्मत आ रखरखाव ठीक करे के काम भइळ. एहसे कुछ दिन ले त अबहीं परेशानी रहहीं के बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *