सोमार के उपरि बेरा मुजफ्फरपुर-नरकटियागंज रेल खंड पर सेमरा-सुगौली का बीच एगो रेलवे गुमटी पर राप्ती गंगा एक्सप्रेस एगो टेम्पो के उधिया दिहलसि. एह हादसा मे देढ़ दर्जन लोग के मौत ठाँवे प हो गइल आ दू जने घवाहिल हो के अस्पताल मे भरती करावल गइल बाड़न. प्रधानमंत्री एह हादसा पर शोक जतवले बाड़न.
बतवल जात बा कि चिरैया थाना के खड़तरी फेनहारा गांव के नवलकिशोर सिंह नया टेम्पो खरीदला काबद परिवार संगे वनसप्ती देवी के पूजा करे गइल रहलन. ओहिजा से लवटत मे ई हादसा हो गइल. गुुमटी प तैनात कर्मचारी के कहना बा कि उ गुमटी बशद किले रहुवे बाकिर पुलिस ओकरा के नशा मे धुत पवलसि. घटना के जाँच करावे के बात कहल जात बा.
0 Comments