ट्रैक्टर ट्राली पलटला से गाजीपुर में दू आदमी मरल

गाजीपुर के सदर कोतवाली इलाका मे एगो भूसा लदाइल ट्रैक्टर ट्राली पलटला का चलते आजु दू जने के मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल.
पुलिस बतवलसकि कि बंजारीपुर गांव का लगे एगो भूसा लदाइल ट्राली धर्मकांटा से वजन करा के लवटत रहुवे जब कासिमाबाद के ब्लाक प्रमुख रामायण यादव के वाहन से टक्कर लगला का बाद ट्रैक्टर ट्राली बेकाबू हो के पलट गइल. ओह पर सवार दू आदमी के मौत ओहिजे हो गइल जबाकि ब्लाक प्रमुख रामायण यादव घवाहिल हो गइल बाड़े.
जिला अस्पताल मे इलाज का बाद ब्लाक प्रमुख घरे आ गइल बाड़े.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।