ठोक देब के काम तेजी पर

Pawan-Akshara-ThokDebहाल के दिनन में सिनेमा भोजपुरी के कैनवास बहुते पसर गइल बा आ निर्माता निर्देशक मनोरंजन से कवनो समझौता कइल नइखन चाहत. बने से पहिलही चरचा में आ चुकल फिलिम ठोक देब एकर बढ़िया उदाहरण बा. बहुचर्चित प्रोडक्शन कंपनी यश एंड राज इंटरटेनमेंट के बैनर तले मधु सिंह के एह प्रस्तुति “ठोक देब” क शूटिंग सिलवासा में आखिरी दौर में बा. निर्देशक अजय कुमार के कहना बा कि एक्शन , इमोशन आ रोमांस के एह संगम के बनावत घरी मनोरंजन के हर पहलू पर ध्यान दिहल गइल बा. एक्शन के शौक़ीन लोग जहां दक्खिन भारत के जानल मानल डायरेक्टर वेंकट के अनोखा एक्शन देखीहें ओहिजे पवन सिंह आ अक्षरा सिंह के रोमांस नवहियन के रोमांचित कर दी, एह फिलिम से कोलकाता के मॉडल सुजीत सिनेमा भोजपुरी में इंट्री लेत बाड़ें. कलाकारन में पवन सिंह , अक्षरा सिंह, सुजीत, दिव्या द्विवेदी , बृजेश त्रिपाठी , नीलिमा सिंह बिपिन सिंह , गोपाल राय वगैरह बाड़े. गीत संगीत एस कुमार के बा आ लेखक हउवें सुरेन्द्र मिश्रा . एह में संगीता तिवारी, सीमा सिंह आ शिवानी सामंता के नंबरो बाड़ी सँ. फिलिम जल्दिए रिलीह होखी.


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..