‘ठोक देब’ 16 मई के रिलीज होखी

Pawan-Akshara
मधु सिंह के परोसल आ यश एण्ड राज इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल सुपरस्टार पवन सिंह-अक्षरा सिंह के जोड़ी से सजल फिलिम ‘ठोक देब’ 16 मई के बिहार आ झारखंड के सिनेमाघरन में रिलीज कइल जाई.

निर्मात्री जे नीलम आ नरेन्द्र कौर (सिमरन) के एह फिलिम के निर्देशन अजय कुमार के बा. फिलिम में पवन सिंह आ अक्षरा सिंह का साथे नवोदित सुजीत गुप्ता, दिव्या द्विवेदी, मनोज द्विवेदी, ब्रजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, अंजली श्रीवास्तव, विपिन सिंह आ नीलीमा सिंह के प्रमुख भूमिका बा. आयटम गीत में संगीता तिवारी, सीमा सिंह आ शिवानी सामंत नजर अइहें. गीतकार आ संगीतकार एस. कुमार हउवें.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।