‘ठोक देब’ 16 मई के रिलीज होखी

Pawan-Akshara
मधु सिंह के परोसल आ यश एण्ड राज इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल सुपरस्टार पवन सिंह-अक्षरा सिंह के जोड़ी से सजल फिलिम ‘ठोक देब’ 16 मई के बिहार आ झारखंड के सिनेमाघरन में रिलीज कइल जाई.

निर्मात्री जे नीलम आ नरेन्द्र कौर (सिमरन) के एह फिलिम के निर्देशन अजय कुमार के बा. फिलिम में पवन सिंह आ अक्षरा सिंह का साथे नवोदित सुजीत गुप्ता, दिव्या द्विवेदी, मनोज द्विवेदी, ब्रजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, अंजली श्रीवास्तव, विपिन सिंह आ नीलीमा सिंह के प्रमुख भूमिका बा. आयटम गीत में संगीता तिवारी, सीमा सिंह आ शिवानी सामंत नजर अइहें. गीतकार आ संगीतकार एस. कुमार हउवें.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..