डंका बजावत डॉन विराज के नया लुक

VirajBhatt-capभोजपुरी के एक्शन स्टार विराज भट्ट के नयकी फिलिम “बाज गइल डंका” में विराज भट्ट के लुक के पहिला झलक जारी कइल गइल बा जवनामें ऊ एगो डॉन का तरह कपारे कैप पहिरले लउकल बाड़ें.

एह फिलिम के शूटिंग एह घरी मुंबई से सटले विरार में चलत बा. एह फिलिम में विराज के साथे पवनो सिंह नायक बाड़ें. रविभूषण निर्देशित एह फिलिम के बाकी कलाकारन में अवधेश मिश्रा, सुनील थापा, आनंद मोहन, काजल राघवानी के नाम खास बा.

आजुकाल्हु विराज के फिलिम “तू ही तो मेरी जान है राधा” ले जलवा चारो और लउकत बा. विराज के एगो अउर फिलिम “जानेमन” आवे वाली बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।