डबिंग करत रोआइन हो गइल पवन सिंह के आँखि

अभिनय अइसन होखे जवन दिल में उतरि जाव. कुछ अइसने भइल सिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार पवन सिंह का साथ. अपना एगो फिलिम के डबिंग करत खुद उनुकरे आँखि में लोर भर गइल. आ उनुकर डबिंग से निर्देशक आ डबिंग करावत साउंड इंजीनियर वाह वाह कर उठले.

ई घटना भइल मुंबई के आडियो लैब में फिल्म “लावारिस” के डबिंग का दरमियान. दू गो सीन के डबिंग का बाद एगो सीन में पवन सिंह के अपना मालिक के भूमिका करत गजेन्द्र चौहान के मरत देखे के रहल. सीन अतना मर्मस्पर्शी रहुवे आ ओह संवाद में अतना करुणा रहल कि डबिंग करत पवन सिंह अपना पर काबू ना राख पवलन आ तब कुछ देर ला डबिंग रोक देबे के पड़ल.

बाद बदले आ माहौल सम्हारे खातिर निर्देशक देव पाण्डेय तब ओह सीन के शूटिंग के बात उठा दिहलन. बतवलन कि सीन हैदराबाद में एक टेक में भइल रहुवे. पवन सिंह के तारीफ करत कहलन कि पवन में गजब के अभिनय क्षमता बा तबहिये त भोजपुरी संगीत आ अभिनय दुनु में पवन सिंह के डंका बाजत बा.

बहरहाल, पवन सिंह के जोरदार अभिनय से सजल “लावारिस” जल्दिये प्रदर्शित होखे वाली बा.


(अपना न्यूज के रपट से)

1 Comment

  1. Dinesh Maurya Dinu

    Bahut khoob pawan bhaiyaa…

    tohar taarif jatanaaa v kare otanaa hee kam baa…..thank u bhaiya pawan

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।