डाँसिंग गर्ल सीमा सिंह

कहल जाला कि रउरा बिना रील के भोजपुरी फिल्म बना सकीले बाकिर सीमा सिंह के आयटम डांस डलले बिना ना. सीमा सिंह के लोकप्रियता के आलम ई बा कि ऊ रोजे एगो दू गो आयटम डाँस के शूटिंग करावत रहेली. फिल्म के शूटिंग भले यूपी बिहार में हो जाव, सीमा सिंह के आयटम डांस हमेशा मुंबई में करावल जाला काहे कि कवनो निर्देशक ना चाहे कि सीमा सिंह के कवनो तरह के परेशानी होखे. आखिर सीमा सिंह का डांस पर सगरी भोजपुरी दर्शक नाचेले आ अगर निर्मातो निर्देशक नाचे लागल बाड़े त का अचरज ! हालही में सीमा सिंह पाँच गो फिल्म खातिर साइन कइल गइली. फिल्म हउवें सँ केडी निर्देशित “चिंगारी”, विनय आनन्द का साथे “बंधनमुक्त”, “ठुमके वाली”, अजय दीक्षित का साथे “बागी”, आ रविकिशन का साथे “केहू हमसे जीत ना पाई”.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।