डाँस संग्राम के ग्राण्ड फिनाले राँची में

बालीवुड आ भोजपुरी सिनेमा के कलाकारन के जमावड़ा २१ मई का दिने मोरादाबादी मैदान में होखी जहवाँ से कार्यक्रम के लाइव प्रसारण कइल जाई.


महुआ टीवी पर देखावल जा रहल रियलिटी शो डाँस संग्राम के आखिरी मुकाबिला भव्य रुप से राँची में २१ मई के होखे वाला बा. राँची के मोरादाबादी ग्राउण्ड से एह कार्यक्रम के लाइव प्रसारण कइल जाई आ ओहिजे तय होखी कि भोजपुरी के पहिलका डांसिंग स्टार के होखी? पटना के आनन्द इशान आ कि गोरखपुर के अविनाश दूबे? के पहिरी सफलता के ताज? आ एकर जवाब मिले बाला बा मोरादाबादी मैदान में.

भोजपुरिया दर्शकन का बीच बहुते पापुलर रहल एह शो के फाइनल में बालीवुड के कई गो मशहूर नाम आ भोजपुरी सिनेमा के मशहूर कलाकार शामिल होखीहें आ एह साँझ के हमेशा खातिर यादगार बना दीहें. झारखण्डवासियन खातिर ई पहिलका मौका होखी जब कवनो रियलिटी शो के फाइनल ओहिजा करावल जाई. एह शो खातिर मोरादाबादी मैदान में एगो विशाल आ भव्य मंच के निर्माण बालीवुड के मशहूर सेट डिजायनर कर रहल बाड़े आ मंच अति आधुनिक लाइटिंग से सजावल जाई. मैदान में करीब पचास हजार दर्शकन के बइठे के व्यवस्था करावल जाई जेकरा खातिर पास महुआ टीवी का तरफ से बाँटल जाई. ओह पास का बिना केहू के घुसे ना दिहल जाई.

फाइनल कार्यक्रम में मशहूर अदाकारा श्वेता तिवारी, आयटम गर्ल संभावना सेठ, भोजपुरिया सुपर स्टार रविकिशन, मेगा स्टार मनोज तिवारी, अदाकारा पाखी हेगडे, गायक अभिनेता पवन सिंह, गायिका मालिनी अवस्थी, गायिका कल्पना त आपन प्रस्तुति देबे करी लोग, शो में प्रतिभागी रहल गौरी क्षे्त्री, अभिषेक, आतमजीत सिंह, चाँदनी, अमित कुमार, पिन्टू, प्रेरणा, अंजलि मिश्रा, प्रदीप मिश्रा के प्रस्तुतिओ पेश कइल जाई. राँची के दीपू सिहं, आकाश मुखर्जी, आ कोमलो सिंह के लाइव प्रस्तुति होखी. आ सबले खास रही नृत्य निर्देशिका कोरियोग्राफर सरोज खान के डाँस. कार्यक्रम के एंकरिंग दिनेश लाल यादव निरहुआ करीहें.

शो में कार्यक्रम के जनक गजेन्द्र सिंह मौजूद रहीहें आ महूआ टीवी के मालिक पीके तिवारी बतौर मुख्य अतिथि मौजूद रहीहें. कार्यक्रम खातिर तइयारी शुरु हो चुकल बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।