अक्षरा सिंह हिट फिलिमन के हैट्रिक लगवली

“बजरंग”, “एक बिहारी सौ पर भारी” आ अब “कालिया” फिलिम के सुपर हिट होखते अक्षरा सिंह के हिट फिलिमन के हैट्रिक हो गइल बा. कालिया के जबरदस्त सफलता मिलल बा.
(8 Sept 12)
डांसर-सिंगर के किरदार करे के चाहत रखले बाड़ी अक्षरा सिंह
फिल्म ‘सत्यमेव जयते’ से बतौर अभिनेत्री सिनेमा भोजपुरी में अपना कैरियर के शुरुआत करे वाली अक्षरा सिंह चर्चित कलाकार बिपिन सिंह-नीलिमा सिंह के बेटी हई. फिल्मी माहौल में पलाइल-पोसाइल होखला का चलते अक्षरो में अभिनेत्री बने के चाहत स्वाभाविके रहल आ शायद नियतिओ इहे तय कइले रहल. अक्षरा सिंह के अबहीं ले ‘सत्यमेव जयते’, ‘रामपुर के लक्ष्मण’, ‘प्राण जाई पर वचन न जाई’, ‘हमार देवदास’, ‘बजरंग’ अउर ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ फिलिम रिलीज हो चुकल बाड़ी सँ आ कुछ अउर फिलिम जल्दिए रिलीज होखीहें सँ. पिछला दिने अक्षरा से बतियावे के मौका मिलल आ ओही मुलाकात के कुछ बात एहिजा दिहल जात बा.

निर्माता जितेन्द्र प्रताप सिंह के फिल्म बजरंग में अक्षरा के नायक रहल पवन सिंह संगे उनुका जोड़ी के सबही पसंद कइल. बतवली कि पवन सिहं का साथे काम करे में बढ़िया लागल काहे कि ऊ सेट पर हमेशा हंसी-मज़ाक के माहौल बनवले राखसु जवना चलते काम सहजे पूरा हो जाव.

कालिया में रंगबाज अभिनेता हैदर काजमी के नायिका बनल अक्षरा फिलिम में एगो ओवर इंटेलिजेंट, ओवर स्मार्ट लड़िकी के किरदार कइले बाड़ी. बतवली कि एह फिलिम में भाव प्रवण गंभीर अभिनय के मौका त मिलबे कइल कुछेक एक्शन आ मारधाड़ वाला सीनो उनका खाते आ गइल. हैदर काजमी आ निर्देशक शिवराज के मदद से अक्षरा के आपन बेहतरीन अभिनय करे में मदद मिलल. खास बात ई कि फिलिम के खलनायक अक्षरा के वास्तविक पिता बिपिन सिंह बाड़ें. एहसे जब फिलिम में खलनायक आ नायिका के आमना सामना भइल त अक्षरा असहज हो जासु आ पापा पर खिसिअइला के उलट हँसी आ जाव. बाकिर बाद में हैदर काजमी, शिवराम यादव आ पापा बिपिन सिहं अक्षरा के उत्साहित कइलें त अक्षरा आपन सीन बढ़िया से कर देखवली.

आवे वाली फिलिम ‘बिगुल’ में अक्षरा अपना किरदार के लीक से हट के आ चुनौती भरल बतवली आ कहली कि एह फिलिम से भोजपुरी इंडस्ट्री के एगो नयापन भेंटाए वाला बा.

अक्षरा आपन ईच्छा बतवली कि ऊ खेसारीलाल संगे काम कइल चहीहें. कवनो खास किरदार का बारे में पूछला पर अक्षरा कहली कि ऊ कवनो नायिका प्रधान फिलिम में डांसर-सिंगर के भूमिका कइल चहीहें. देखल जाव कि अक्षरा के ई साध कहिया पूरात बा.


(ब्रेकिंग मैक्स मीडिया के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।