डांस संग्राम में आखिरी आठ के टक्कर

भोजपुरी के पहिलका टीवी चैनल महुआ पर चल रहल डांस संग्राम अब अपना मंजिल का तरफ तेजी से बढ़ल जा रहल बा. बहुते उतार चढ़ाव देखला का बाद अब कुल आठ गो नर्तक बाँचल बाड़े एह मुकाबिला में. आ एह शुक के ओहू में से एक जने विदा हो जइहें एह मंच से.
On the stage of Dance Sangram of Mahuaa TV
अब जे लोग बाँचल बा ऊ लोग ह संभावना के जोशीले टीम में गोरखपुर के अविनाश दूबे, बनारस के आतमजीत, पटना के अंजलि मिश्रा, आ रांची के आकाश मूखर्जी. दोसरा तरफ श्वेता के जाबांज टीम में रहीहें पटना के आनन्द ईशान, राँची के दीपू, दिल्ली के मैक, आ दुर्गापुर के गौरी क्षेत्री. अब आखिरी दौर का संग्राम में अंक देबे के तरीका में कुछ फेर बदल कइल गइल बा. अब श्वेता तिवारी आ संभावना सेठो के नम्बर जोड़ल जाई. एह लोग के इहो अधिकार सरोज खान दे दिहले बाड़ी कि अपना कवनो प्रतिभागी के कप्तान का वरदान का नाम पर पाँच गो अंक दे सकेली जवन कि सरोज खान के अंक देबे से पहिले दे देबे के पड़ी. ई अंक ओह प्रतिभागी के बचा सकेला.

शुक का प्रतियोगिता में अविनाश अपाहिज बन के एगो डांस करीहें जवना पर जज लोग में बतकुच्चन हो जाई. श्वेता के ओहमें डांसिंग के कमी लउकी त संभावना कहीहें कि हर डांस में डांसे ना देखे के चाही कबो कबो इमोशनो भारी पड़ेला. बाकिर सरोज खान के फैसला रही कि ई डांस के ड्रामा नइखे होखत डांस के प्रतियोगिता हो रहल बा. बाकियो प्रतिभागी आपन कौशल देखइहें. बाकिर होखी उहे जवन होखे के बा. एग प्रतिभागी के विदाई तय बा. के ह ऊ प्रतिभागी? अपनहीं काहें नइखी देख लेत महुआ टीवी पर रात आठ बजे से?


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।