डांस संग्राम विजेता अविनाश दूबे सिनेमा में अइले

महुआ टीवी के रियलिटी शो “डांस संग्राम” के विजेता अविनाश दूबे भोजपुरी फिल्म “जंग” से अपना फिल्मी कैरियर के शुरुआत करे जा रहल बाड़न, महुआ मीडिया लिमिटेड के प्रस्तुति आ यशी फिल्म्स का बैनर में अभय सिन्हा के बनावल फिल्म “जंग” में अविनाश नायक का किरदार में बाड़न आ उनुकर नायिका बाड़ी डांस संग्राम में उनकर प्रतिद्वनद्वी रहल प्रेरणा. एह फिल्म में अविनाश के नृत्य कौशल के भरपूर आनन्द मिले जा रहल बा. अरशद खान का निर्देशन में बनत एह फिल्म में सुपर स्टार पवन सिंह आ मोनालिसा का जोड़ी का साथ साथ मोहन राठौर, गुल एहसान खान, आकाश, मेहनाज, रवि उज्जैन वगैरह कलाकार शामिल बाड़े. संगीतकार लाल सिन्हा आ गीतकार विनय बिहारी हउवें.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।