डाकू हसीना का रोल में सीमा सिंह

DakuHasina-SeemaSinghभोजपुरी सिनेमा के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के अब आयटम नंबर का साथही बढ़िया रोलो मिले लागल बा. जइसे कि हालही में निर्देशक राज कुमार पांडे उनका के अपना फिलिम ‘छोरा गंगा किनारे वाला’ में डाकू हसीना के रोल दिहले बाड़न. एह किरदार में सीमा सिंह जबरदस्त एक्शन कइला का साथही नायक चिंटू संगे बहुते गरमागरम सीनो में लउकीहें.

सीमा सिंह बतावत बाड़ी कि जब उनुका इ रोल आफर भइल त खुशी खुशी सकार लिहली काहे कि उनका ला ई चैलेंजिग आफर रहल. रोल का बारे में बतवली कि डाकू हसीना के एगो भाईओ बा आ ई भाई बनल बाड़न अवधेश मिश्रा. पहिला बेर अवधेश मिश्रा सीमा सिंह के भाई बनल बाड़न कवनो फिलिम में आ सीमा सिंह खातिर इहो एगो डबल खुशी देत बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।