बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष प्रोफेसर डा॰ रविकांत दुबे के २२ नवम्बर का दिने मारीशस का राष्ट्रपति भवन में मारीशस के राष्ट्रपति महामहिम अनिरुद्ध जगन्नाथ जी के हाथे मारीशस भोजपुरी गौरव सम्मान से सम्मानित कइल गइल.
सम्मान पत्र में अंकित गइल बा कि प्रोफेसर डा॰ रविकांत दुबे के ई सम्मान भोजपुरी खातिर कइल उनुकर सेवा कार्य, शोध कृतिअन, आ देश विदेश में भोजपुरी साहित्य आ संस्कृति के उत्थान खातिर कइल बहुमूल्य कोशिशन खातिर दिहलजा रहल बा.
पिछला १६ नवम्बर से २९ नवम्बर ले प्रोफेसर डा॰ रविकांत दुबे मारीशस के यात्रा पर गइल बाड़न जहाँ मारीशस हिंदू महासभा का तरफ से उनुका के ई सम्मान दिहल गइल.
आच्छा। एपर कुछ नाहिंए कहेम हम।
बहुत -बहुत बधाई डा॰ रविकांत दुबे जी के .
ओ.पी.अमृतांशु
sahi baat.,eh pe kuchhu kahl bhojpuri ke gariyawl hoi,bada dher din bad asian ghatiha samachar lagal ba