डा॰ सीपी ठाकुर उपाध्यक्ष आ राजीव प्रताप रुढ़ि के महासचिव बनवलसि भाजपा

कई दिन क जद्दो जहद का बाद आजु अतवार का दिने भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह अपना टीम के एलान कर दिहले. गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के संसदीय बोर्ड में शामिल कर लिहल गइल आ गुजराते के अमित शाह के महासचिवन में शामिल कर लिहल गइल.

बारह सदस्य वाला संसदीय बोर्ड में राजनाथ सिंह, अटल बिहारी वाजपेयी, लालकृष्ण आडवाणी, मुरली मनोहर जोशी, एम वैंकेया नायडू, नितिन गडकरी, सुषमा स्वराज, अरुण जेटली, नरेंद्र मोदी, अनंत कुमार, थावर चंद्र गहलोत अउर राम लाल के राखल गइल बा.

दस गो महासचिवन में अनंत कुमार, थावर चंद्र गहलोत, जे पी नड्ढा, धर्मेंद्र प्रधान, तापिर गांव, अमित शाह, वरुण गांधी, राजीव प्रताप रूड़ी, मुरलीधर राव आ राम लाल के नाम बा.

पन्द्रह गो सचिवन में श्याम जाजू, भूपेंद्र यादव, कृष्णा दास ,अनिल जैन, विनोद पांडे, त्रिवेंद्र रावत, रामेश्वर चौरसिया, आरती मेहरा, रेणु कुशवाहा, सुधा यादव, सुधा मालवीय, पूनम महाजन, लुई मरांडी, तमिल इसाई अउर वाणि त्रिपाठी शामिल बाड़ी.

सदानंद गौड़ा, मुख्तार अब्बास नकवी, डॉ॰ सी पी ठाकुर, जुआल उराव, एस एस आहलूवालिया, बलबीर पुंज, सतपाल मलिक, प्रभात झा, उमा भारती, बिजॉय चक्रचवर्ती, लक्ष्मी कांत चावला, किरण माहेश्वरी अउर स्मृति इरानी के उपाध्यक्ष बनावल गइल बा.

पार्टी प्रवक्ता के काम प्रकाश जावड़ेकर, शाहनवाज हुसैन, निर्मला सीतारमण, विजय सोनकर शास्त्री, सुधांशु त्रिवेदी, मीनाक्षी लेखी अउर कैप्टन अभिमन्यु कइल करीहें.

महिला मोर्चा के अध्यक्ष सरोज पांडेय, युवा मोर्चा के अनुराग ठाकुर, अनुसूचित जाति मोर्चा के डॉ॰ संजय पासवान, अनुसूचित जनजाति मोर्चा के फग्गन सिंह कुलस्ते, अल्पसंख्यक मोर्चा के अब्दुल राशिद, आ किसान मोर्चा के अध्यक्ष ओम प्रकाश धनकर के बनावल गइल बा.

भाजपा केंद्रीय चुनाव समिति में राजनाथ सिंह, अटल बिहारी वाजपेयी, लालकृष्ण आडवाणी, मुरली मनोहर जोशी, एम वैकेया नायडू, नितिन गडकरी, सुषमा स्वराज, अरुण जेटली, नरेंद्र मोदी, थावर चंद्र गहलोत, राम लाल, गोपीनाथ मुंडे, जुआल ओरन, शाहनवाज हुसैन, विनय कटियार, जे पी नड्डा, डॉ॰ हषर्वर्धन और आ सरोज पांडे के राखल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..