डा॰ सुभाष राय के यूनीकवि सम्मान


हिंदयुग्म की ओर से डा सुभाष राय के अगस्त महीना क सर्वश्रेष्ठ कवि घोषित कइल गइल बा. हिंदयुग्म हर महीना एगो यूनीकवि प्रतियोगिता क आयोजन करेला, जवने में देश भर से प्रविष्टि मंगावल जाले. उनहन के अलग-अलग जजन के पैनल के सऊंप दिहल जाला. सब मिलि के कुल भाग लेवे वालन कवियन में से 10 गो क चुनाव करेलें आ बाद में चुनायल कविजन के कवनो बड़ साहित्यकार के हाथ से पुरस्कार प्रदान कइल जाला.

डा सुभाष राय हिंदी अउर भोजपुरी साहित्य में आपन एगो जगह बना लिहले बानी. ऊहाँ के कविता, व्यंग्य अउर सामयिक लेखन में लगातार आपन उपस्थिति बनवले राखीलें. अंजोरिया के लेखक परिवारो क एगो महत्वपूर्ण सदस्य हईं सुभाष जी.

पुरस्कार घोषणा क लिंक

1 Comment

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *