आपन हिन्दुस्तानो गजब के देश हऽ. आ एहिजा के व्यवस्थो गजब के हऽ. दुनिया में कतहीं ओहिजा के डिक्टेटर का खिलाफ बोलल त दूर बोले के सोचलो जानलेवा साबित हो सकेला बाकिर अपना हिन्दुस्तान में अइसन ना होखे. आखिर हमनी के हिन्दुस्तान दुनिया में लोकतंत्र के जननी मानल जाले. सबसे पहिले एहिजे गणतन्त्र बना के लोकतांत्रिक राज चलावल गइली सँ. एहिजा के राजो गणतंत्र का हिसाब से चलत रहलें. अच्छा से जनला का बादो कि सीता मईया पर कवनो अछरंग ना लगावल जा सके राम जइसन नायक सीता के परित्याग महज एही चलते कर दिहलें कि जनता में कुछ फुसफुसाहट होखत रहुवे माता सीता का खिलाफ.
एहिजा बहुते लोग के कहना बा कि मोदी तानाशाह हउवन बाकिर उहे लोग कवनो मौका ना छोड़े मोदी के भरपेट गरियावे के. अधिकतर टीवी चैनल पर होखे वाला कुकुरबझाँवन में एकर गलीज उदाहरण देखल जा सकेला. कुछ बोलतुआ त एहिसे बोलावल जालें कि उनुका ला गाली गलौज के भाषा मातृभाषा जइसन सहज होला. बोलतुआ त बोलतुआ बोलतुअनी सभ त अउरी खतरनाक होली सँ. कांग्रेस के जबसे 99 के चभ्भका लागल बा तबसे ऊ हद से अधिका डेमोक्रेट होखल जात बिया. आ चूँकि डेमोक्रेट होखल आदर्श होला एहसे अगर जे केहू कवनो डेमोक्रेट का खिलाफ बोलल त दूर अगर बोले के सोचियो लेव त ओकरा ला बेछीलल बाँस तइयार राखे के चाहीं.
अब देखीं रजत शर्मा के हिमाकत कि एन चुनाव का बीच ऊ मोदी के शानदार साक्षात्कार परोस दिहलन. 4 तारीख के रिजल्ट आइल आ ओह दिन पता ना रजत शर्मा का कह दिहलन जे ओह कार्यक्रम के देखेवाला लाखों देखनहार ना त देख पवलें ना सुन पवलें. बाकिर जइसे ट्यूबलाइट कुछ देर बाद जरत रहली सँ ओही तरह कांग्रेस के बोलतुआ छह दिन बाद आरोप लगा दिहली कि रजत शर्मा उनुका के सजीव प्रसारण का दौरान गरिया दिहलन. एकरा बाद काग्रेस के लोकतांत्रिक फौज चढ़ बइठल रजत शर्मा पर. बाकिर काग्रेस का उमेद का खिलाफ रजत शर्मा उल्टे कांग्रेसियन पर मानहानि के मुकदमा क दिहलन. दिल्ली के उच्च अदालत एहपर शुरुआती आदशो दे दिहलसि कि कांग्रेसी आपन सगरी बयान सोशल मीडिया पर से सात दिन का भीतर हटा लेसु.
अब हर कोई त रजत शर्मा ना हो सके जे सौ करोड़ के मानहानि के दावा ठोक देव. कुछ लोग छोटो मोट पत्रकार भा यूट्यूबर होला जिनकर बेंवत अइसन ना होखे कि सरकार से लड़े के सोच सको. आ देश में कई राज्य अइसन बाड़ी सँ जहँवा डेमोक्रेटड के राज चलेला. आ एह डेमोक्रेटिक सरकारन वाली राज्यन के पुलिस कवनो डेमोक्रेट के आलोचना इचिको बरदाश्त ना कर सँ. अइसने एगो यूट्यूबर हउवें अजीत भारती जे रसरिओ के साँप लेखा पेश करे के कला जानेलें. उनुका खिलाफ वइसहूं मुकदमन के कमी ना होखी काहें कि ऊ अदालतनो के ना बखसस. कोर्ट के कोठा कहे के हिमाकत ऊ ओतने सहजता से कर जालें जतना सहज भाव से अपना के नारी माने वालन से गारी सुने के मिल जाला. वइसे हम अजीत भारती के प्रशंसक हईं आ उनुकर वीडियो देखते रहिलें. कर्नाटक जइसन डेमोक्रेट राज्य के पुलिस उनुका खिलाफ एगो एफआईआर दर्ज कर लिहले बिया जवना में पता ना ऊ शायद केहू के कोट क दिहले रहलन कि बबुआ त लंगटा हो गइल. आ कईदिना पहिले के एह वीडियो पर अब जा के केस दर्ज भइल बा जइसे अरुंधती राय का खिलाफ मुकदमा चलावे के इजाजत देबे में दिल्ली सरकार के दस बरीस से अधिका लाग गइल. हो सकेला कि ई संकेत होखे कि डिक्टेटरो अब डेमोक्रेटड के देखावल राह पर चले के सोचे लागल बावे. अगर सचहूं अइसन होखे जा रहल बा त फुलझरी आ पटाखा दुनू ओर से फुटे वाला बा.
आ एह माहौल में कवनो डेमोक्रेट के आलोचना करे के हिम्मत कम से कम हमरा जइसन छुटभईया के होइये ना सके जे अपने दस बीस रुपिया के सहायता ला पाठकन से निहोरा करत रहेला. आर्थिक सहायता त दूर लोग एह पोस्टन के साझो करे में कतरा जाला, टीका टिप्पणी त दूर के बात बा. अगर हम गलत कहत होखी त आजु एगो कमेंट नीचे दीहल कमेंट बॉक्स में लिख के देखा दीं. मान जाएब कि हम गलत बानी आ भोजपुरिया केहू से डेराव ना.
0 Comments