डीसीपी के हत्या का बाद दू जने के नौकरी दिहला पर कोर्ट सवाल पूछलसि

इलाहाबाद हाई कोर्ट एगो याचिका के सुनवाई करत राज्य सरकार से तीन हफ्ता का भीतर जबाब देबे के कहलसि कि डी॓एसपी के हत्या का बाद दू गो आश्रित के कवना आधार पर नौकरी दिहल गइल? जबकि अबहीं ले एकही आश्रित के नौकरी देबे के व्यवस्था बा. कोर्ट में एगो औरत याचिका दाखिल कर के अपना पति के मौत का बाद एही आधार पर दू गो आश्रित के नौकरी मँगले बिया कि डीएसपी जियाउल हक के हत्या का बाद सरकार उनुका घर के दू जने के नौकरी दिहले बिया.
ओने सीबीआई के अइसन कवनो सुबूत नइखे मिलत जवना से डीएसपी हत्या कांड में राजा भईया के हाथ बतावल जा सके.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।