डॉ अशोक द्विवेदी के गाजीपुर गौरव से सम्मानित कइल गइल

पिछला करीब चालीस बरिसन से अधिका से भोजपुरी साहित्य सृजन में लागल डॉ अशोक द्विवेदी के 15 अप्रैल 2022 का दिने गाजीपुर में एगो समारोह में गाजीपुर गौरव से सम्मानित कइल गइल.

गाजीपुर के साहित्यिक संस्था साहित्य चेतना समाज का तरफ से आयोजित एह समारोह के मुख्य अतिथि रहलन कुलपति रहल प्रो0 राममोहन पाठक आ अध्यक्षता कइलन डॉ आनन्द कुमार सिहं.

जाने जोग बा भोजपुरी दिशा बोध के पत्रिका पाती के सम्पादक अउऱ भोजपुरी साहित्य सृजनकार डॉ अशोक द्विवेदी के अनगिन सम्मान पहिलहूं से मिलत आइल बा. द्विवेदी जी के लिखल साहित्य हर विधा में उपलब्ध बा. खास कर के हालही में प्रकाशित भोजपुरी उपन्यास बनचरी त भोजपुरी साहित्य के बेजोड़ रचना बा.

संस्था के संस्थापक अमरनाथ तिवारी अमर पत्रकारन के जानकारी दिहले कि 37 बरीस से हर साल गाजीपुर गौरव सम्मान अबकी बेर गाजीपुर जनपद के मुहम्मदाबाद तहसील के गाँव सुल्तानपुर निवासी डॉ अशोक द्विवेदी के दे के संस्था अपनो के गौरवान्वित मानत बिया.

पिछला करीब चालीस बरिसन से अधिका से भोजपुरी साहित्य सृजन में लागल डॉ अशोक द्विवेदी के 15 अप्रैल 2022 का दिने गाजीपुर में एगो समारोह में गाजीपुर गौरव से सम्मानित कइल गइल.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।