तंजील अहमद के हत्या के खुलासा होखे के उमेद

एन.आई.ए. के अधिकारी आ आतंकवादियन के गाँड़ के घाव बन चुकल तंजील अहमद के हत्यारन में भटकल गिरोह के हाथ हो सकेला अइसन सुने में आवत बा बाकिर जाँच एजेन्सियन के कहना बा कि एह मामिला के हर पहलू पर नजर राख के जाँच कइल जा रहल बा.
यूपी के अतिरिक्त पुलिस महानिदेशक (कानून व्यवस्था) दलजीत सिंह चौधरी आजु दुपहरिया एह सिलसिला में बिजनौर जिला के स्यौहारा इलाका के सहसपुर कस्बा के दौरा कइलन.
जवना शादी समारोह से लवटत घरी इनकर हत्या भइल रहुवे ओह समारोह के वीडियो रिकार्डिंग में दूगो अनेरिया नजर आइल बाड़े सँ जवनन के केहु चीन्ह नइखे पावत. ओकनी के स्केच जारी क के खोजल जाई.
सबले खास बात इहो जान लीहल चाहीं कि घोड़ा के टाँग ला कुकुर बझाँव करे वाली भाँड़ मीडिया ला तंजील अहमद के हत्या कवनो माने नइखे राखत. ऊ एह घरी एगो अभिनेत्री के खुदकुशी के चरचा में अझुराइल बाड़ें.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।