तनी सा लापरवाही का चलते ३५ लोग के जान गइल

सुरक्षा बल आईटीबीपी में भर्ती खातिर गइल कई दर्जन नवजवान लवटत घरी एगो हादसा के शिकार हो गइले आ कम से कम पैंतीस गो नवयुवकन के मराये के अनेसा बा. भइल ई कि रेलगाड़ी में भीड़ का चलते बहुते नवजवान हिमगिरी एक्सप्रेस का छत पर सवार हो गइले. उनुका का मालूम रहे कि शाहजहाँपुर स्टेशन का लगे एगो पुल मौत बनि के ओह लोग के इन्तजार करत बा. गाड़ी बढ़त गइल आ नवजवान ओह पुल का गर्डर से कटात चल गइले. दुर्घटना का बाद केहू तरह चेन पुल कर के ट्रेन के रोकल गइल तब ले कम से कम पैंतीस गो नवजवानन के लोथड़ा करीब दू किलोमीटर से छितरा गइल रहे. बाद में खिसियाइल लोग ओह ट्रेन पर पथराव करे लागल आ एगो बोगी के आगो लगा दिहल लोग. मरे वाला अधिकतर नवजवान बिहार आ पूर्वांचल के रहले. एकरा अलावे कई दर्जन नवजवान घवाहिल हालत में अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़े

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।