तरह-तरह का भूमिका में नजर अइहन निरहुआ

सिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ अपना आवे वाली फिल्मन में तरह-तरह के आ दमदार भूमिकन में नजर अइहें. अभय सिन्हा के बनावल आ अनिल अजिताभ निर्देशित ‘एक दुजे के लिए’ में रोमांटिक भूमिका में, जगदीश शर्मा निर्देशित ‘एक बिहारी सब पे भारी’ में बिहारी नवही का शानदार एक्शन वाली भूमिका में, असलम शेख निर्देशित ‘रखवाला’ में देशभक्त पुलिस ऑफिसर का भूमिका में एगो नए लुक में, दीपक सांवत के ‘गंगादेवी’ में राजनीतिक कार्यकर्ता क भूमिका में, निर्माता आलोक कुमार के ‘गंगा जमुना सरस्वती’ में जमुना प्रसाद का भूमिका में, आ बिट्टू सरदार के अजय श्रीवास्तव निर्देशित ‘रिक्सावाला आई लभ यू’ में फेर एक बेर रिक्सावाला का भूमिका में नजर आवे वाला बाड़न.

निरहुआ के कहना बा कि उनकर हर आवे वाली फिल्म में उनुकर नया रूप देखे के मिली दर्शकन के आ दर्शकन के ई फिलिम पसंदो खूब अइहें सँ.


(प्रशांत निशान्त के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।