तहलका मचवले बाड़न शुभम तिवारी

झारखण्ड के गढ़वा जिला के शुभम तिवारी आजुकाल्हु भोजपुरी सिनेमा जगत में तहलका मचवले बाड़न. हमेशा बड़का निर्देशकन का साथे काम करे के सौभाग्य पावे वाला शुभम के पहिलके फिल्म नेशनल अवार्ड विजेता निर्देशक आनन्द गहतराज के निर्देशन में बनल रहे. दुसरका फिल्म असलम शेख का निर्देशन में आ तिसरको एगो अवार्ड विनर निर्देशक का साथ. निर्देशकन के चहेता कलाकार बन चुकल शुभम तिवारी के हालही में रिलीज फिल्म “कानून हमरा मुट्ठी में” के मिलल जबरदस्त सफलता का बाद “तू हौ मोर बालमा” फिल्मो सफलता के झंडा गड़लसि. अब शुभम तिवारी के फिल्म “मल्ल युद्ध” आ रहल बा जवना में रानी चटर्जी नायिका बाड़ी. ओकरा बाद ऊ फिल्म “भईया हमार दयावान” में दर्शकन का सोझा आवे वाला बाड़न. शुभम भोजपुरी सिनेमा में झारखण्ड के अकेला कलाकार हउवें.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।