ताप्ती गंगा अब छपरा से चलल करी

बीस जुलाई से वाराणसी सूरत का बीच चले वाली ताप्ती गंगा एक्सप्रेस के छपरा से बलिया, मऊ, आजमगढ़, शाहगंज, जौनपुर, बनारस होत चलावल जाई जेहसे एह इलाका के लोग के बनारस आ के एह गाड़ी के पकड़े के जरूरत ना रही. रुट लमहर हो गइला का बाद ई ट्रेन सुपर फास्ट ना रही. गाड़ी के छपरा से चलावे के विरोध वाराणसी आ अगल बगल के लोग करत बा काहें कि अब एहमें भीड़ बढ़ जाई आ बनारस चहुँपे से पहिलही सवारी भर जइहें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।