तिलक चढ़ा के लवटत घरी भइल हादसा में आधा दर्जन लोग के मौत
पुरान दोसरा हादसा के फोटो

उत्तरप्रदेश के देवरिया जिला में काल्हु रात भइल एगो सड़क हादसा में आधा दर्जन लोग के मौत हो गइल आ पाँच जने गंभिराहे घवाहिल हो गइलें. घवाहिल लोग में से तीन जने का हालत बहुते खराब रहे के खबर बा. मरे वालन में से एगो नवही के चिन्हल नइखे जा सकल.

हादसा गौरीबाजार रुद्रपुर सड़क पर इंदुपुर गाँव का नियरा भइल जब तिलका से लवटल लोग के बोलेरो सोझा से आवत बस से जा टकराइल आ बोलेरो के परखचा उड़ गइल. एह हादसा मे बोलेरो सवार पाँच आदमी आ बस पर सवार एगो नवही के मौत हो गइल.

अगल बगल के लोग धावत चहुँपल आ पुलिस अधिकारियो आ गइलें. घवाहिल लोगन के जिला अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।