तिसरका मोर्चा बनावे का फिराक में जयललिता से भेंट कइले अखिलेश

यूपी के मुख्यमंत्ती देश में राजनीतिक गोलन के तिसरका मोर्चा बनावे का फिराक में सोमार का दिने चेन्नई जा के तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जयललिता से आध घंटा ले बतियवलें. बातचीत से का निकलल से त अबही सामने नइखे आइल बाकिर अखिलेश कहलन कि कांग्रेस आ भाजपा दुनु फेल हो गइल बाड़ी सँ आ अब एह दुनु से फरक तिसरका मोर्चा बनावल बहुते जरूरी बा. केन्द्र सरकार के दिहल सहयोग जारी राखे के बात करत अखिलेश कहलन कि सपा त सहयोग देते बिया बाकिर कांग्रेस सपा के सहयोग नइखे देत. कहलन कि समर्थन वापसी के फैसला उनकर बाबूजी मुलायम सिहं करीहें.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।