तिसरको बेर यूपीए के सत्ता के उमेद जतवली सोनिया गाँधी

कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी शनिचर का दिने उमेद जतवली कि तिसरको बेर यूपीए सत्ता में आई. दिल्ली में इंटरनेशनल मीडिया हाउस के उद्घाटन करत सोनिया गाँधी कहली कि अगिला लोकसभा चुनाव अपना समये पर होखी आ बतवली कि उनका सौ फीसदी विश्वास बा कि यूपीए तिसरको बेर सत्ता में आई. कहली कि जनता के सूचना के अधिकार, शिक्षा के अधिकार आ अब भोजन के अधिकार दिहले बिया यूपीए सरकार आ जनता एह काम खातिर यूपीए के फेरू जिताई

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *