तिसरको बेर यूपीए के सत्ता के उमेद जतवली सोनिया गाँधी
कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी शनिचर का दिने उमेद जतवली कि तिसरको बेर यूपीए सत्ता में आई. दिल्ली में इंटरनेशनल मीडिया हाउस के उद्घाटन करत सोनिया गाँधी कहली कि अगिला लोकसभा चुनाव अपना समये पर होखी आ बतवली कि उनका सौ फीसदी विश्वास बा कि यूपीए तिसरको बेर सत्ता में आई. कहली कि जनता के सूचना के अधिकार, शिक्षा के अधिकार आ अब भोजन के अधिकार दिहले बिया यूपीए सरकार आ जनता एह काम खातिर यूपीए के फेरू जिताई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..