तीने दिन में जरि गइल ट्रांसफारमर

चिलकहर,ब लिया. लोहिया गांव नरांव में तीन दिन पहिलहीं लागल 63 केबीए के दूगो ट्रांसफारमर भकभका के जरि गउअन स। एकरा चलते गांव में अतवारे से अन्हार हो गइल बा आ खेतियो बारी के काम पानी ना मिलला से खराब होता। बतावल जाता कि गांव के कुल्हि आदमियन से चन्दा बटोरि के बिजली कर्मचारियन के दीहल गइल रहल बाकी हरमेसा नाहिन दू चार दिन में जरिए जात बा। बिजली विभाग के कवनो बड़ अधिकारी एपर धियान नइखें देत लो।

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।