तीन गो राज्यन में सरकारी गोल के जीत


गोवा, आंध्रप्रदेश, अउर दिल्ली मे हाल में करावल गइल चार गो विधानसभा सीट के उपचुनावन में सरकारी गोल के जीत मिलल. गोवा में भाजपा के दू गो सीट, आंध्रप्रदेश में तेलुगूदेशम के एक सीट आ दिल्ली के आआपा गोल के एक सीट मिलल बा.

गोवा के पणजी से मुख्यमंत्री मनोहर परिकर आ वलपोई से स्वास्थ्यमंत्री गिरीश छोडनकर अपना खिलाफ खड़ा कांग्रेसी उमीदवारन के हरवलन.

दिल्ली के बवाना सीट आआपा का टिकट प जीतल वेदप्रकाश के पलटी मार के भाजपा में गइला से खाली भइल रहुवे. भाजपा उनुके के टिकटो दीहले रहुवे बाकिर आआपा के उमीदवार रामचन्दर उनुका के धकिया के तिसरका जगहा फेंक दिहलन. दुसरका जगह प कांग्रेस के उमीदलार रहलन.हालांकि आखिरी गिनती होखे से पहिले 22वां दौर में भाजपा कांग्रेस से आगा हो गइल।

आंध्रप्रदेश केनन्दयाल सीट से तेलुगूदेशम के बीबी रेड्डी वाईएसआर कांग्रेस के उमीदवार के हरवलन.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।