तीन गो लेखपालन के खेलाफ मुदकमा भइल दर्ज

रसड़ा, बलिया. तहसीलदार रसड़ा योगेन्द्र प्रसाद सिंह के तहरीर पर कोतवाली पुलिस तहसील के एगो रिटायर लेखपाल और दूगो कामकरत लेखपालन के खेलाफ सस्ता गल्ला के दुकानन से खाधान्न वितरण के सत्यापन में फरजी कागज लगावे के कारन ओही धारन में केस दर्ज क के कारवाइ सुरू क देले बा। मिलल जानकारी के हिसाब से तीनों लेखपाल लोग फरजी सत्यापन के कागज लगा के खाधान्न कालाबार में बेचि के धन हड़प गइल बाद लो । जांच के बाद जब आरोप सांच पावल गइल तक दूनो लेखपाल हरिन्द्र पाण्डे आ राजेन्द्र यादव के खेलाफ मुकदमा दर्ज हो गइल।

 

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।