तीन जोडी ट्रेनन में बोगी बढ़ावल जाई

पूर्वोत्तर रेलवे अपना तीन जोडी मेल एक्सप्रेस गाडियन में अस्थायी तौर से बोगी बढ़ावे के फैसला कइले बिया.
गाडी संख्या 15229 छपरा दुर्ग सारनाथ एक्सप्रेस में छपरा से एगो कोच प्रथम सह द्वितीय वातानुकूलित श्रेणी के एक अक्टूबर से 31 दिसम्बर ले लगावल जाई.15230 दुर्ग छपरा सारनाथ एक्सप्रेस में इहे कोच दू अक्टूबर से एक जनवरी ले लगावल जाई.
गाडी संख्या 25013 आ 25014 रामनगर भगत की कोठी कार्बेट लिंक एक्सप्रेस में एगो द्वितीय सह तृतीय श्रेणी वातानुकूलित कोच बढ़ावल जाई.
एही तरह 18191 आ 18192 छपरा फर्रूखाबाद उत्सर्ग एक्सप्रेस में एगो वातानुकूलित टू टियर बोगी जोड़ल जाई.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।