तीन महीना से अधिका दिन से चलत मधेसी आन्दोलन हिंसक हो गइल

अतवार का दिने नेपाल के सप्तरी जिला में मधेसी आन्दोलन का दौरान पुलिस से झड़प हो गइल. एकरा बाद पुलिस करीब दू सौ राउन्ड फायर झोंक दिहलसि जवना से तीन गो आन्दोलनकारियन के मौत हो गइल आ करीब दू दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा. घवाहिलन में पुलिसो के लोग शामिल बा.
जान जाईं कि मधेसी समुदाय नेपाल के नयका संविधान से खुश नइखे काहे कि ओह लोग के अधिकार एहमें बहुते कम क दीहल गइल बा. एही से पिछला तीन महीना से बेसी दिन से नेपाल में मधेसी आन्दोलन चलत बा आ नेपाल में जरूरी सामानन के किल्लत हो गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।